खबर लहरिया वाराणसी जउन हमने के शान हव

जउन हमने के शान हव

05-12-13 Kasba1


लोगन के बात सुनत मंत्री मनोज राय धूपचंडी

जिला वाराणसी। बुनकारी समेत हर छोटा से छोटा उद्योग भी मनरेगा में शामिल हा होवे। कुछ अहिंसही योजना लेके दिनांक 29 नवम्बर 2013 के बनारस के वाराणसी पैलेस में एक राज्य स्तरीय मीटिंग भयल। जेमे प्रदेश के कई जिला से लोग आएल रहलन आउर मुख्य अतिथि के रूप में प्रदेश मंत्री मनोज राय धुपचण्डी आएल रहलन।
गावं  से खत्म होत शिल्कारी काम के  भी मनरेगा के अन्दर शामिल करल जाए। एही सब बात चीत इ कार्यक्रम में भयल।  एमें कई जिला के लोग अपने अपने गांव से खत्म होत पुरानी चीजन खातिर के बात कइलन कि अगर मजदूर के आपन मेहनत के मरदूरी मिले लगी त काम छोड़ के दूसर काम ना करी आउर बनारस के पुरानी चीज भी बचल रही। एमे सदानन्द चक्रवर्ती, अलिल सिंह के. पी. वर्मा उपस्थित रहलन। कई जगह के लोग जइसे महोबा से मोहनलाल, चन्दैली से राजकुमार, मिर्जापुर से पुष्पा सिंह समेत आउर कई लोग अपने अपने जगह के समस्या रखलन।
मुख्यअतिथि के रूप में आएल मनोज राय धुपचण्डी कहलन कि हम इ सब बात मुख्यमंत्री  के सामने रख्खब। उम्मीद हव जल्दी से जल्दी कुछ ना कुछ होई।