खबर लहरिया औरतें काम पर चैदह साल के लड़की के साथ भयल छेड़खानी

चैदह साल के लड़की के साथ भयल छेड़खानी

जिला वाराणसी, ब्लाक चिरईगावं  , गावं   सरसवल साहनी बस्ती। इहां के चैदह साल के कुष्मा के साथे सामूहिक छेड़खानी भयल रहल। कुष्मा के पिता कल्लू के कहब हव कि हमरे लइकी के साथे चार बाहरी लइका बलुआ घाट के किनारे शारीरिक आउर मानसिक रूप से छेड़खानी कइलन। तब से कुछ लोग देखलन आउर छुड़ के लिया अइलन। लोग उ लइकन के पीछा भी कइलन लेकिन उ सब भाग गइलन। एकरे बारे में हम कहीं एफ. आई. आर. दर्ज नाहीं करवइले हई। काहें से कि उ सब त भाग गइलन फिर देखइलन नाहीं। एकरे बारे में जब कुष्मा से पूछायल त उ कहलिन कि हमके भी नाहीं पता कि उ चारों लइकन कहाँ  के रहलन। उ सब हमरे साथे बहुत जबरदस्ती करे के कोशिश करत रहलन। जब कुछ लोग देख लेहलन त उ सब भाग गइलन।