खबर लहरिया वाराणसी चहारदीवारी बिना स्कूल

चहारदीवारी बिना स्कूल

जिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर, अराजीलाइन्स गांव धरसौना, कृष्णदत्तपुर। धरसौना गांव के प्राथमिक स्कूल के चहारदीवारी दू साल से गिरल हव। त कृष्णदत्तपुर स्कूल के पांच सौ मीटर के बाउण्ड्री तीन साल से गिरल हव। आउर खेल के मैदान में कुअां भी हव। धरसौना स्कूल के मैदान में गड्ढा हव।

जेकरे वजह सेहमेशा एमे लइकन के गिरे के खतरा बनल रहला। बरसात के मौसम में त समस्या आउर गम्भीर हो जाला। काहें से स्कूल के मैदान के मिट्टी बरसात के दिन में बह जाला। जिससे जगह जगह गड्ढा हो जाला जेमे लइकन के गिरे के भी डर रहला।चहारदीवारी बिना स्कूल

स्कूल के पास रहे वाला कुसुम, नन्दलाल, सुदामा इ लोगन के कहब हव कि चहारदीवारी दू साल से गिरल हव। पोखरा में पानी भर जाला त बच्चन के गिरे के बहुत डर रहला। चहारदीवारी गिरे से लइकन पीछे से बस्ता लेके भाग जालन। आउर पढ़ाई भी नाहीं करतन। ग्राम प्रधान राम मूरत यादव के कहब हव कि स्कूल के जिम्मेदारी प्रधानाचार्या नूरआशा पर हव।

दूसरे तरफ नूरआशा के कहब हव कि पांच महीना पहिले बेसिक शिक्षा विभाग में एकरे बारे में अप्लीकेशन देले रहली। लेकिन   अभही तक बजट नाहीं आएल।

एके बारे में जिला बेसिक शिक्षा अधिकारी परमहंस यादव के कहब हव कि विभाग के अइसन कउनो सूचना नाहीं मिलल हव। अब पता चलल हव त जल्दी से जल्दी एकर जांच होई। स्कूल के व्यवस्था के जिम्मेदार लोगन से पूछताछ होई।