खबर लहरिया ताजा खबरें चकरोड भर हो जाला बिछलन

चकरोड भर हो जाला बिछलन

30-01-14 Taza dubkiya

इ चकरोड धस गएल हव

जिला वाराणसी, ब्लाक चिरईगावं , गावं डुबकियं यादव बस्ती। इहां पर खड़ण्जा बिछले करीब दस साल हों गएल हव। इहां पर लगभग बीस घर हव। करीब पाँच सौ मीटर की दूरी वाले इ खड़ण्जा पर इहां के लोग आर. सी. सी. सड़क के मांग करत हयन।
इहां के कोमल यादव शान्ति इ सब लोगन के कहब हव कि इहां दस साल पहिले के खड़ण्जा बिछल हव उ बइठ गएल हव। अगर इहां आर. सी. सी. बीछ जात त सही हो जात। काहें से कि बरसात के दिन में जब पूरा चकरोड पानी से भर जाला त आवे जाए में बहुत परेशानी होला। पानी जम जाए से कीचड़ कीचड़ हो जाला। मन में हमेशा इ डर बनल रहला कि कहीं बिछल के गिर ना जाल जाय। बरसात के दिन में रात बिरात घर से निकलब मुश्किल हो जाला। कई बार प्रधान से कहायल लेकिन कउनों सुनवाई नाहीं होत हव। अब हमने इ चकरोड खातिर कहां दरखश देवल जाई जब कउनों सुनवाई नाहीं होत हव। एकरे बारे में विधायक उदय लाल मौर्या के कहब हव गावं के प्रधान इहां प्रस्ताव दे हम सड़क के काम देखब।