खबर लहरिया वाराणसी चकरोड पर लगल घास पतलो

चकरोड पर लगल घास पतलो

16-08-13 Gaav khadanja

रास्ता पर जमल हव घास

जिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर, गाव बभनपुरा। इहाँ के चकरोट पर दू सौ मीटर दूर तक खड़ण्जा ना होवे से इ चकरोड पर घास आउर पतलो जम गएल हव। जेकरे वजह से गाव वालन के आवे जाए में डर रहला कि कहीं कीरा बिच्छी ना काट ले। इ सड़क से लगभग डेढ़ सौ लोग आवल जाल करलन। इहाँ के लोग के एही एक रास्ता हव गाव से बाहर जाए के।
इहाँ के आत्माराम, अमरावती समेत आउर लोग बतइलन कि हमने के एही चकरोड से निकले के होला। इ चकरोड पर एतना लम्बा लम्बा घास लगल हव। ओही में जगह जगह गढ्ढा हव। इ चकरोड पर एतना लम्बा आउर एतना ज्यादा घास हव कि ओमे कीरा बिच्छी के रहे के भी डर रहला। हमने का कही। हमने के त इ चकरोड से बाहर निकलब दुसवार हो गएल हव। सड़क पर निकले के दूसर रास्ता भी नाहीं हव। कई बार इहंा के प्रधान से कहायल कि इ सड़क पर खड़ण्जा बिछवा देवल जाई लेकिन जब प्रधान सुनतन तब तो। चकरोड के नाप के ब्लाक पर दरखास भी दियायल लेकिन अभहीं तक सुनवाई नाहीं भयल।
इ सब के बारे में प्रधान ओमप्रकाश के कहब हव कि चकरोड खातिर के तीन बार अप्लीकेशन ब्लाक आउर विधायक के पास देहली कि इ चकरोड बनवा देवल जाई लेकिन कउनों सुनवाई नाहीं भयल।