खबर लहरिया वाराणसी घर में घुसत हव पानी

घर में घुसत हव पानी

जिला वाराणसी, ब्लाक हरहुंआ, परमानन्दपुर। इहां पर पानी के निकासी ना होवे से जब भी बरसात होला त सामने के पोखरी भर जाला। आउर पुरा पानी आस पास के लोग के घर में घुसे लगला। पानी के साथ साथ बरसाती कीड़ा भी घर में घुसे लगलन। लोग के आवे जाए में परेशानी भी होला। छोटा छोटा लइकन त स्कूल जाब बन्द कर देलन। इहां पानी के निकासी खातिर केतना बार कहायल। लेकिन कोई भी धियान देवे वाला नाहीं हव। प्रशासन में त जइसे कोई के कान में जू तक नाहीं रेंगत हव। अगर यही हाल रही त का होई आवे जाए वालन के।12-09-13 Kasba Hasimpur3