खबर लहरिया ताजा खबरें गली के गन्दगी कब दूर होई

गली के गन्दगी कब दूर होई

Taza Pandaypur final webजिला वाराणसी नगर क्षेत्र, पाण्यपुर आजमगढ़ रोड पहली गली बैरीगंज। इ मुहल्ले के आबादी लगभग दस हजार हव। इहां के गली के नाली चार साल से जाम पड़ल हव। जेकरे वजह से लोग घर से बाहर निकलब भी दुसवार समझलन।
ताज्जुब के बात इ हव कि अभहीं हाल ही में चुनाव के समय रहल। चुनाव के समय एल. टी. कम्पनी इ मुहल्ले के नाली के सफाई करवइले हयन। लेकिन फिर बाद में उसी तरह नाली के पानी से गली में गन्दगी भरल हव। जेसे मुहल्ले के लोग के आवे जाए में परेशानी होत हव। इहां के रमेश, रवि कुमार, गुलाब समेत कई लोग के कहब हव कि सफाई त बस दिखावा रहल। जवन मिट्टी जमल रहल ओकर सफाई भयल हव। बााकि सब वही तरह गली के गन्दगी पड़ल हव।
जल निगम के आपरेटर रामचन्दन के कहब हव कि सफाई खातिर पच्चीस लाख रूपिया देवल रहल लेकिन गन्दगी पड़ल रह गएल सफाई भी नाहीं भयल।