खबर लहरिया वाराणसी खुली नाली में होत दुर्घटना

खुली नाली में होत दुर्घटना

kasba nalaa

जिला वाराणसी, ब्लाक काशी विद्यापीठ, महमूरगंज आकाशवाणी। इहां बड़ी गैबी में हरदम सीवर के गन्दा पानी बहत रहल आउर इ समस्या इहां लगभग बीस साल से चलत रहल लेकिन अब उम्मीद हव कि इ समस्या दूर हो जाई काहे से कि अब इहां सीवर लाइन बिछत हव आउर अब इहां के इ लोगन के समस्या दूर हो जाई। इहां के नितिन आउर सुपरवाइज़र धोती के कहब हव कि इ सीवर लाइन बड़ी गैबी से महमूरगंज तक बिछत आवत हव। इहां पन्द्रह दिन से खुदाई के काम चलत हव। एही कारन इहां के पूरा रास्ता बन्द हव आउर लोगन के दुसरे रास्ते से घूम के आवे जाये के पड़त हव। तो लोगन के कुछ परेशानी उठावे के पड़त हव एतना ही नाहीं इहां सीवर लाइन के साथ साथ पाइन लाइन भी बिछत हव। इ नगर निगम के तहत होत हव।  एके पूरा करे के टाइम बीस जुलाई तक हव लेकिन जइसे काम चलत हव तो ओमे कुछ ज्यादा टाइम भी लग सकअला। ए समय बनारस के जइसे हर सड़क के सीवर लाइन आउर पाइप लाइन बिछे के काम चलत हव। आउर बहुत अइसन जगह भी हव जहां पर खुदाई होके छूट गयल।