खबर लहरिया वाराणसी खुलल पड़ल हव दुवारे पर नाली

खुलल पड़ल हव दुवारे पर नाली

30-08-13Kasba munari

रस्ते पर फइलल पानी

जिला वाराणसी, ब्लाक चिरईगावं गावं धर्मपुर ठाकुर बस्ती। इ बस्ती में करीब नौ घर हव। लेकिन पानी बहावे के साधन नाहीं हव। लोग अपने दुआरे दुआरे पानी गिरावलन। जेसे आवे जाए वालन आउर इहां रहे वालन के बहुत दिक्कत होला। इ समस्या इहां करीब आठ साल से हव।
शेखर, दिनेश, सुलाभ इ लोगन के कहब हव कि हमने के पानी बहावे के जगह नाहीं हव। हमने अपने दुआरे पर पानी बहावल जाला। गर्मी के समय त पानी सूख जाला लेकिन अब ठण्डी आ गएल हव त एकदम नाहीं सुखत। हमने के पानी गिरावे से पहिले दस बार सोचे के पड़ला। पानी अगर ना सुखी त लइकन बच्चन गिर जहियन। लइकन बच्चन के बड़ा लोग के भी रात बिरात आवे जाए में डर लगल करला। अगर प्रधान सीवर लगवा देतन त कम से कम पानी त ठिकाने पर सही से बहत। केतना बार कहत हो गएल लेकिन अभहीं तक कउनों सुनवाई नाहीं भयल।
इ सब के बारे में जब गावं के प्रधान लल्ला से पूछायल त ओनकर कहब रहल कि मई 2013 के प्रस्ताव देहले हई। अभहीं तक नाहीं आएल हव। जब आई त बनवा दिहल जाई।