खबर लहरिया वाराणसी खुलल पड़ल टान्सफार्मर

खुलल पड़ल टान्सफार्मर

k trans

खुलल पड़ल ट्रांसफारमर

जिला वाराणसी, ब्लाक चिरईगावं, लेढ़ूपुर, चैबेपुर, पाण्डेयपुर, दौलतपुर। इ सब जगह पर ट्रांसफार्मर खुलल पड़ल हव। ट्रांसफार्मर खुलल रहे सये इहां  से आवे जाए वालन लोगन आउर इहां के लोग के बहूत परेशानी के सामना करे के पड़ला।
कुछ लोग के कहब हव कि इ ट्रांसफार्मर खुलल रह से हमने के बहुत परेशानी होत हव। कभी भी कउनो दुर्घटना हो सकला। आग लगे के त पहिले घर हव। इहां  पास पास घर भी हव। अगर एक भी घर में आग लगी त सब में आग फइले में देरी ना लगी। कम से कम इ सब चीज के तो सरकार के धियान देवे के चाही।
अगर ट्रांसफार्मर ढकल रहल त कम से कम दुर्घटना से दूर रहल जात। सरकार भी पता नाहीं कउन बात के आसरा देखत हव। अगर सरकार जनता के लेके फिकरमन्द रहत त कम से कम सरकार दुर्घटना से पहिले ओके सही करवा देत।