खबर लहरिया ताजा खबरें खुदाई बनत मुसीबत

खुदाई बनत मुसीबत

04-06-013 taza pandaypur

सड़क पर होत खुदाई

जिला वाराणसी, ब्लाक काशी विद्यापीठ, पाण्डेयपुर चैराहा, पंचकोशी मार्ग। इ सड़क पर लगभग एक महीना से खुदाई चलत हव। सीवर के काम लेकिन अभहीं खत्म नाहीं भयल। जेकरे वजह से लोगन के काम पर बहुत असर पड़त हव। कुछ लोग के त दुकान केतना दिन से बन्द रखले हयन। त कुछ लोग के दुकान बराबर खुलत हव। खुलल दुकान में सड़क पर के धूल गरदा जाके बइठत हव। जेकरे वजह से ग्राहक दुकान पर नाहीं जाए चाहतन। आउर टैम्पो वालन के त अउरो मारलन भयल हव। उ लोग के एक महीना से दूसरे सड़क से आटो लेके के जायके पड़ला।
छन्नू चैरसिया, आनन्द शर्मा, आजाद सेठ, दीपक यादव समेत आउर लोग के कहब हव कि सड़क खुदाई चालू भइले एतना दिन हो गएल। अभहीं त खाली धूल गरदा से लोग जूझत हयन, अगर यही हाल रही त कइसे चली हमने के रोजी रोटी। अब त मानसून के भी दिन आ गयल हव अभहीं भी कउनों उम्मीद नाहीं हव कि कब तक बन जाई। हमनी के त काम के हरजा होत हव। अभहीं एक किलोमीटर के काम बाकि हव।
इ सब के बारे में नगर निगम ठेकेदार के कहब कि इ सब काम एल टी कम्पनी के सौपा जाला। आउर इ लोग कहलन कि लगभग तीस जून तक इधर के सब काम हो जाई।