खबर लहरिया वाराणसी खाली शहर तक बिजली

खाली शहर तक बिजली

जिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर भवानीपुर बाजार। इहां के कई लोग के कहब हव कि ए समय जब रोज सवेरे अखबार खोल के पढ़ा तो लिखल रहला कि अब शहर में चैबीस घण्टा बिजली मिली।
दुकानदार आशीष, मनीष, पंकज समेत कई लोगन के कहब हव कि जइसन लगत हव कि शहर के लोग खाली मोदी सरकार के वोट देहले हयन। हमने गावं के लोग नाहीं देहले हई। यही से सारा समसया शहर में देखात हव। गावं में त जइसे कउनों समस्या नाहीं हव। हमने भी आदमी हई कुछ सोच के मोदी के वोट देहले हई। हमने सोचे के हमनी के समस्या दूर होई। लेकिन इ नया सरकार से त हमने के समस्या आउर बढ़ गएल हव।