खबर लहरिया वाराणसी खाली उपकेन्द्र गावं में नाम,खातिर बनल हव

खाली उपकेन्द्र गावं में नाम,खातिर बनल हव

Gaav mavaiya webजिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर, गावं मवईया। इहां  के उपकेन्द्र पर दू साल से हैण्डपम्प नाहीं हव। इहां  के पे्रमनारायण आउर कई लोग के कहब हव कि उपकेन्द्र पर हमेशा पानी के सुविधा रहे के चाही। इ उपकेन्द्र खाली जब टीकाकरण होला तबहीं खुलला नाहीं त हमेशा बन् रहला। जब कउनों हरारू के कुछ होला त आशा चोलापुर के सामुदायिक
स्वास्थ केन्दग पर लेके जालन। नाहीं लोग प्राइवेट में जाके डिलीवरी करवावलन। इ उपकेन्द्र बनले कउनों फायदा नाहीं हव। जब हमने के प्राइवेट में जायके हव। बस फायदा हव त अधिकार ए. एन. एम. आउर आशा के। चोलापुर स्वास्थ्य में जा तब भी पइसा लगी प्राइवेट में जा तब भी लगी। प्रधान आम्ूा पटेल के कहब हव कि हमार कउपों सुनवाई नाहीं होत हव। हैण्पम्प कक लेके कई बार अप्लीकेशन देहले रहली। अभहीं आचार संहिता लागू हव। कुद ना होई