खबर लहरिया वाराणसी कुड़ा से घिरल हव मुहल्ला

कुड़ा से घिरल हव मुहल्ला

जिला वाराणसी नगर क्षेत्र, सरइया मुस्लिम बस्ती। रस के इहाँ के मुस्लिम बस्ती के आबादी दू हजार हव।
पूरे गली में कूड़ इकठ्ठा रहला। इ समस्या इहाँ पांच साल से हव।
मेहरूम बेगम, आसीया बेगम, मेहदी हसन, अहमद खान समेत अउएर कई लोग के कहब हव कि इहाँ इ गन्दगी पांच साल से पड़ल हव। सफाई कर्मी आई भी त एक महीना में एक बार उ भी गली में झाड़ू लगा के कूड़ा वहीसहीं छोड़ के चल जाई। कई बार सब लोग ओके डटलेस फिर भी उ नाहीं मानत। कूड़ा के वजह से इहाँ कई तरह के बीमारी फइलत हव। गन्दगी के मारे इहाँ से गुजरब मुश्किल हव। इहाँ कूड़ा रहे से जानवर भी आके खल पीयल भी करलन। जेसे गनदगी आउर ज्यादा फइलला। धरना देले के बाद भी प्रशासन के तरफ से कुछ ना भयल।11-07-13 kasba kuda2