खबर लहरिया वाराणसी कब होई बिजली कनेक्शन

कब होई बिजली कनेक्शन

जिला वाराणसी, ब्लाक, चिरईगाँव, हरहुअंा, गाँव गोपपुर, बड़ा लालपुर, अल्लोपुर। इहंा पर इ सबगाँव में बिजली नाहीं हव। कहीं पर लोग पचास साल से रहत हयन त कहीं पर लोग एक पीढ़ी से रहत हयन।
गोपपुर के सन्तोष, मनोज अल्लोपुर के कुमारी देवी हीरामनी, राधेश्याम, बड़ा लालपुर, विश्वनाथ राम दीलिप के कहब हव कि हमने के इहंा पर रहत एतना दिन हो गएल हव। लेकिन अभहीं तक बिजली के कनेक्शन नाहीं हव। हमने दूसरे गाँव से बिजली जलावल जाला। तब सरकार भी हमने के तार काट के फेंक देला। जबकि हमने बिल भी जमा करल जला। अब त मिट्टी के तेल भी ढाई लीटर से दू लीटर हो गएल हव। एक महीना भी नाहीं चल पावला।
बिजली विभाग के अधिकारी वी. पी. सिंह के कहब हव कि जहंा पर बिजली नाहीं हव। वो सब खातिर के करीब अस्सी करोड़ के योजना पास भयल हव। अभहीं इ कब तक चालू होई कुछ कहल नाहीं जा सकला।

21-08-14 Gaon Bijli Dharna for webबिजली आउर पानी के लेके होत हव धरना 

जिला वाराणसी, लहुराबीर आजाद पार्क। बिधायक अजय राय के साथ लगभग एक सौ लोग धरना पर बइठल रहलन बिजली आउर पानी के मागं के लेके आउर ऐ लोगन के कहब हव कि अगर हमने के चैबीस घन्टा मे बिजली नाही आयल त हमने डी.एम कार्यालय में तोड फोड. करल जाई ऐतना महगाई मे ऐतना बिजली कटौती होई त हमने पानी बिना रह जायल जाई।