खबर लहरिया वाराणसी कब सही होई नियम

कब सही होई नियम

जिला वाराणसी, ब्लाक चिरईगावं, गावं सुगुलपुर। इहां के आंगनवाणी सेन्टर पर गर्भवती मेहरारून आउर बच्चन के पंजीरी नाहीं मिलत।
इहां पर पढ़े वाला बच्चन राधिका, चन्द्रमा कई लोग के कहब हव कि जब हमने पंजीरी लेचे जाइला त कहियन कि नाहीं आएल हव। टाफी बिस्किट देके फुसला देहियन। खाना भी जल्दी नाहीं बनत।
कार्यकर्ता इन्दू, मंजू के कहब हव कि हमनी के रजिस्टर पर चालीस बच्चन हयन। जेमन से पच्चीस बच्चन आवलन। हमने पंजीरी शनिवार के देईला। आउर बाकि दिन दलिया आउर खिचड़ी बनला। समय समय पर टीकाकरण भी होल करला। आउर एकरे अलावा तीन किषोरी भी चुनल गइल हईन। एमन एक बच्चा चैदह महीना के हव उ कुपोषित हव ओकर भी इलाज करवाइला।जिला