खबर लहरिया वाराणसी कइसन बनल रहल

कइसन बनल रहल

04-07-13 kasba pandaypurजिला वाराणसी, ब्लाक काशी पाण्डेपुर पुलिस लाइन। इहां पिछले दिन पाण्डेयपुर प्लाई ओवर के नीचे सड़क के किनारे सीवर बहे खातिर के नाली बनल रहल। उ अभहीं बीस दिन पहिले बनल रहल। इ नाली के दीवार पुलिस लाइन से पाण्डेयपुर तिराहा हिमांशु अस्पताल तक बुरी तरह टुट गएल हव।
इहां के रहे वाला जयराम आउर कई दुकानदार के कहब हव कि इ सड़क पर रात के समय दस आउर बारह पहिया वाला ट्रक चलला। यही से इ हाल भयल हव। उ लोग रात के समय पूरा नाली पर ट्रक चढ़ा देहलन। यही से नया बनल इ दीवार पूरा तरह से बईठ गएल हव। एकर जिम्मेदार प्रशासन पी. डब्ल्यू. डी. हयन।
इ सब के बारे में पी. डब्ल्यू. डी के अधिशासी अभियन्ता कन्हैया झा के कहब हव कि सड़क पर ट्रक चलले से ज्यादा लोड पड़ल यही से टूट गएल। एकरे आगे बन जाई।