खबर लहरिया ताजा खबरें सेहतमंद मां और बच्चा एम्बुलेंस रहले के कउनो फायदा नाहीं

सेहतमंद मां और बच्चा एम्बुलेंस रहले के कउनो फायदा नाहीं

3-04-14 Taza Svasthay kendra

टाली पर आवत मरीज

जिला वाराणसी, ब्लाक चिरईगावं  सामुदायिक स्वास्थ्य केन्द्र। इ सामुदायिक स्वास्थ्य केन्द्र पर लोग डिलीवरी खातिर के आएल हईन। कुछ लोग चैबेपुर से त कुछ लोग बरियासनपुर से आपन किराया लगा के आएल हईन। जबकि  इहां पर एम्बुलेंस हव।
आशा बहू प्रतिमा सिंह के कहब हव कि  इहां पानी के खाली बोतल हव। दवाई भी खाली देखावटी मिलला। बाकी दवाई जाके बहरे से लीयावे के पड़ला।  इहां तक कि सुई के सीरिंज भी बाहर से जाके लीयावे के पड़ला। मरीज संगीता, बिन्दू, पूर्वीवती देवी इ सब लोगन के कहब हव कि इहां पर आवा त इलाज ठीक से नाहीं होत। अस्पताल में एम्बुलेंस खड़ी हव लेकिन हमने के आपन किराया लगा के आवे के पड़त हव। कोई टाली से आवत हव त कोई आटो से आवत हव। लेकिन  इहां के एम्बुलेंस के कउनों फायदा नाहीं हव।
प्रभारी चिकित्सा अधिकारी डा. सुनील कुमार मिश्रा के कहब हव कि हम  इहां से वही केस रेफर करीला जेकर लम्बाई पांच फीट से कम हो या तो फिर जेकर उमर कम हो या बच्चा बेड़ा हो। उ डिलीवरी केस के हमने ए से रेफर करल जाला कि जिला अस्पताल में जाके ओकर इलाज अच्छा से हो सके।