खबर लहरिया वाराणसी एक साल से बन्द हव मनरेगा में काम

एक साल से बन्द हव मनरेगा में काम

जिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर, गावं कमना, बबिआंव। इ गावं में करीब चालीस मजदूर के ना मिलत हव मनरेगा मे काम  इंहा के रविन्द्र, मिठाई, लौटू, नागे, रमदेई, लालमनी, विकाष समेत कई लोगन के कहब हव कि इंहा क प्रधान सही नाहीं हयन त काम का करवहीयन। एक साल से मनरेगा मे काम बन्द हव जबकि जब सुना तब एक लाख रूपिया मनरेगा बदे आयल रहला एक सप्ताह काम का पता चली कि बजट नाही हव खत्म हो गयल। केहू क मजदूरी ठीक से नाहीं मिल पावत। प्रधान के गावं के कउनों से मतलब नाहीं हव। अगर हमने नरेगा के आसरे रहब त खइले बिना मर जाल जाई। इहां पर मनरेगा के काम एक साल से बन्द पड़ल हव। प्रधान से कहा त कहियन कि पइसा नाहीं हव।
प्रधान धरमेन्द्र के कहब हव कि खाते में पइसा नाहीं हव। छः महीना पहिले के पइसा के मांग कइले हई। जब आई तब काम होई।