खबर लहरिया वाराणसी एक बार फिर जनता के पसंद बनलीन इशरत

एक बार फिर जनता के पसंद बनलीन इशरत

IMG-20151105-WA0004जनता नेता के एक बार आज़मावला। अगर उ काम करे तो दूसरे बार भी ओके आपन पसंद बनावला। काशी विद्यापीठ के सेक्टर नम्बर सात से लगातार दूसरी बार जि़ला पंचायत से इशरत अपने दोबारा भयल जीत के अइसे बतावत हईन।
इशरत इकबाल फारूकी से करल गएल बातचीत-
सवाल-आप दूसरी बार जि़ला पंचायत के सदस्य चुनल गइल हईन। अइसन कउन काम हव जउन आप पांच साल में नाहीं कर पाउलीन अब करे वाली हइन?
जवाब-समस्या तो आवल जाल करला। कउनों कउनों समस्या त रहबे करला अभहीं कुछ जगह हव जहाँ पर काम बाकी हव सीवर लाइन के काम हव। पानी के पाइप लगावे के काम हव, बहुत कुछ हव।
सवाल-का पहली बार के अपेक्षा इ बार चुनाव जीतब कठिन रहल या सरल रहल?
जवाब– सरल कठिन के का कही। ठीक ही रहल। जनता वोट देके हमके जीतइलेस। पिछली बार कुछ कम लोगन चुनाव में खड़े भयल रहलन लेकिन इ बार ज़्यादा रहलन जेसे वोट भी ज़्यादा लोगन के पडल त थोड़ा मुश्किल रहल।
सवाल जनता से-अइसन का खास रहल कि इषरत दुबारा से जीतलीन?
जवाब– (जब उनके क्षेत्र में जनता से पूछा गयए कि इशरत दोबारा काहें चुनल गइलिन त जनता भी कई कारण बतइलन उनके जितावेे के।) सबुआ तालाब के जीतू बतावलन कि हमरे  इहाँ  तालाब के किनारे पेड़ लगवावल गयल हव तालाब भी फिर से बनल गया हव। आउर तो आउर ओन नल भी लगवइले हइन तो हमरे  इहाँ  त बहूत कुछ भयल बा। कोइरान की सुमन बतावलीन कि हमारे  इहाँ  रास्ता बहुत ही ज़्यादा खराब रहल बरसात के दिन में पानी भरा जाता रहल लेकिन अब ये रास्ता बन चुकल हव। अलावल के सबीना, सीमा आउर धमरिया की रेहाना बतावलीन कि पानी के लिए दो-दो टंकिया बनवावल गएल हव।