खबर लहरिया वाराणसी इ हाल हव रास्ता के

इ हाल हव रास्ता के

DSCF5130

सड़क पर फैलल हव पानी

जिला वाराणसी, नगर क्षेत्र लालपुर आउर रमरेपुर के पटेल, नउनिया, राजभर बस्ती। इ बस्ती में लगभग एक साल से सीवर के पानी दुआरे पर, सड़क पर ,गली में सब जगह पर जमल रहला। इ जमल पानी से गरीब लोग एक हजार लोग के परेशानी होला।
इहां लगभग बीस लोग रहलन। लेकिन बात भयल हव लालता पटेल, अमर जीत पटेल, राजू, नन्का, आरती, अवधेश इ लोगन के कहब हव कि इ पानी कई साल से इहां बहत हव। हमने के दुआरे पर गली, सड़क, दुआरे पर फइलल रहला। सभासद से कहल जाला लेकिन कउनों सुनवाई नाहीं होत हव। इहंा पानी जमे से हमने के बहुत दिक्कत के सामना करे के पड़ला। गन्दगी से मच्छर भी बहुत ज्यादा हो जालन। जेकरे वजह से लोग हमेशा बीमार रहलन। इ पानी से हमने के खाब नहाब दुसवार हो जाला। बच्चे स्कूल जालन त गिर जालन। डर के मारे में बच्चन स्कूल नाहीं जालन। लेकिन हमने केसे कहल जाई जब हमने के कोई सुने तब तो। हमने के पानी देख के हमने के कउनो हित नात भी नाहीं अइतन।
सभासद नेहा जायसवाल के कहब हव कि हम कुछ नाहीं करीला। सारा काम हमार आदमी संजय जायसवाल देखलन।काफी कोशिश के बाद भी अभहीं तक संजय जायसवाल से बात नाहीं हो पायल हव।
गावं के लोग त आपन समस्या लेके आए दिन प्रधान, सभासद आउर दूसरे अधिकारी के चक्कर लगावल करलन। लेकिन कभी उ मिलतन नाहीं। आउर अगर मिल जहियन त सुनियन नाहीं