खबर लहरिया वाराणसी इ हाल हव रास्ता के

इ हाल हव रास्ता के

02-01-13 kasba mahaveerजिला वाराणसी, नगर क्षेत्र महावीर मन्दिर। इहां सड़क के खुदाई होवे के कारण इहां के करीब बीस दुकान बन्द पड़ल हव। सरकार इ नाहीं समझ में आवत हव कि दुकान बन्द रहे से दुकानदार के परिवार कइसे चली।
इहां के राहुल, मनीश, पवन इ सब लोगन के कहब हव कि सड़क के खुदाई होवे से हमने बहुत परेशान हो गईल हई। एक त एतना महंगाई कि काम कइले पर भी खाए के नाहीं अटत हव। जब काम बन्द रही त कहाँ से खाए के आई। इ मंहगाई में दुकान ही हमने के सहारा हव। लेकिन जब दुकान बन्द रही त हमने के परिवार कइसे चली। जेतना दिन सड़क के खुदाई होई। सरकार के तरफ से भी कुछ नाहीं मिलत हव कि हमने के पेट चल जाए। सड़क के खुदाई होवे से हमने के बहुत परेशानी होत हव।
इहां के ठेकेदार के कहब हव कि इ सड़क पर करीब तीन महीना तक काम चली। इ खुदाई इहां से लेके दीनदयाल तक जाई। साथ साथ सप्लाई के पानी के पाइप भी लगत हव।