खबर लहरिया ताजा खबरें आम बनल बवाल

आम बनल बवाल

banarash taza koilaarजिला वाराणसी, ब्लाक बड़ागांव, गांव कोइलार। कोईलार गांव में आम के फल के लेके दू पक्ष में विवाद हो गयल। जेमे एक पक्ष ठाकुर गांव में पुलिस लियाके रात के खूब हंगामा कइलन। इहां तक कि गांव के मेहरारून आउर लइकिन के पुलिस वाले मरलन भी पुलिस के इ हरकत से गांव वालन के घर से निकलब भी मुश्किल हो गयल हव। इ कहब हव कोईलार के बिन्दू देवी, सर्वेश, बबलू समेत आउर कई गांव वालन के।
इहां के लोग के इहो कहब हव कि छोटा आम के लेके विवाद भयल रहल। जेमे अकोड़ा के ठाकुर रामप्रसाद सिंह के आम के बगीचा में राजभर बस्ती के कुछ लइकन आम बीनत रहलन। एही के लेके रामप्रसाद सिंह रात के नौ बजे पुलिस के लियाके खूब हंगामा करवइलन। पुलिस भी गांव के लइकिन मेहरारून के खूब मरलेस पिटलेस। एक ठे घर में भी आग लगा देहलेस। जब गांव वालन एकर विरोध कइलन तो पुलिस गाड़ी लेके भागे के चक्कर में गांव के शान्ति के दबा देहलेस। जवने से ओनकर तुरन्त मउत हो गइल। पुलिस के इ सब रवइया से गांव वालन में दहशत फइल गइल हव। लइकन स्कूल जाये से डरत हयन। घर में तीन तीन दिन से चूल्हा नाहीं जलत हव। इ सब मामला के लेके जब इहां के नया एस.ओ. बाल मुकुन्द मिश्रा से पुछायल तो ओन कहलन कि अइसन कउनों बात नाहीं हव। गांव वालन के धक्का देवे से शान्ति गिर गइलिन जेसे लोग के पैर के नीचे आ जाये से ओनकर मउत हो गइल। पुलिस तो उहां बड़ी दुर्घटना ना होवे एहीं खातिर गइल रहल। लेकिन दुर्भाग्य से बड़ी घटना हो गयल।