खबर लहरिया वाराणसी आधे गावं तक लगल सीवर

आधे गावं तक लगल सीवर

27-03-14 Gaav dhakva

आधे रस्ते तक खुदल पड़ल सीवर

जिला वाराणसीए ब्लाक चोलापुर गावं ढकवा बस्ती निसाद। करीब एक हजार की आबादी वाले इ बस्ती में सौ मीटर सीवर लाइन बीछ के दू महीना से अधूरा में पड़ल हव। लालमनीए धनपतीए लालजीराम समेत कई लोगन के कहब हव कि जहां तक से पानी जमत रहल प्रधान खाली वहां तक सीवर लाइन लगवइले हयन। हमने के समसयात प्रधान नाहीं देखत हयन। हमने के पानी गिरावे के एतना मुसीबत हव लेकिन प्रधान के खाली वहां तक ही समस्या समझ में आवत
रहल। हमने कई बार प्रधान से कहली त प्रधान  कहलन कि अगली बार अब जब बजटआई तब। अभहीं बजट नाहीं हव। सरकार बस एक कोना खातिर के सीवर लगवावतहव बाकि पूरा गावं  परेशान रहे। इ सब के बारे में गावं  के प्रधान महेन्द्र प्रताप के कहब हव कि वोतना खातिर के बनावे के पड़ल हव। पूरा बनावे के हव। चुनाव बाद हाथ लगी।