खबर लहरिया वाराणसी आखिर कब बनी जगत

आखिर कब बनी जगत

10-10-13 gaav gopour

खुलल पडल कुआँ

जिला वाराणसी, ब्लाक चिरईगाव , गावं गोपपुर पटेल आउर कुम्हार बस्ती। इ बस्ती के कुआं दस साल से जर्जर पड़ल हव ओपे जगत भी नाहीं हव। जेकरे वजह से कुआं के आसपास के करीब छह घर के लोग डर से परेशान रहलन।  इहां  कई लोग रहलन जेमे रीता, कान्ती, रामलोचन इ लोगन के कहब हव कि कुआँ के जगत बनवावे के पूर्व प्रधान कुआँ  बनवावे के रहलन लेकिन नाहीं बनल। तब से केतना बार कहायल लेकिन नाहीं बनल। कुआँ  एही तरह पड़ल हव। जे भी होत हव सब आपन आपन देखत हव। गरीबन के कोई नाहीं सुनत हव। जब सबके वोट लेवे के रही त घरे तक अर जहियन। फिर कभी झांके भी ना अहियन। कुआँ के पास जगत ना होवे से पाी भरे में परेशानी होत हव। डर लगला कि अगर कभी पैर खिसकी त अन्दर गिर जाल जाई।
एकरे बारे में प्रधान संजय पटेल के कहब हव कि कुआँ  के जगत खातिर मार्च 2013 के प्रस्ताव देहले हई। अब बजट के उपर हव जब बजट आई त बनी। हम त प्रस्ताव दे देहले हई।