खबर लहरिया वाराणसी असली समस्या पर नाहीं हव कोई के धियान

असली समस्या पर नाहीं हव कोई के धियान

06-02-14 Kasba Phadiya

कब तक जाये के पड़ी ई रास्ता से

जिला वाराणसी, नगर क्षेत्र पहडि़या। पहडि़या से गाजीपुर जाए वाली सड़क गढ्ढा भयल हव। इ सड़क पर हमेशा भीड़ रहला। हर समय इहां से गाड़ी मोटर आवल जाल करला। इ सड़क के ठीक सामने विधायक के कार्यालय भी हव।
इ सड़क पर गाड़ी चलावे वाले प्रदीप, कान्ता के हब हव कि इ सड़क पाण्डेयपुर से गाजीपुर के तरफ जाला। इ सड़क एक जिला के दूसरे जिला से जोड़ला। फिर भी कोई इ सड़क पर धियान नाहीं देत। इ सड़क से हमेश नेता आउर अधिकारी लोग गुजरलन। दिन में सब लोग बचा के चल जाल लेकिन रात में हमेशा डर बनल रहला कि कब दुर्घटना हो जाई। लेकिन इहां के अधिकारी आउर नेता के कुछ भी समझ नाहीं हव। गरीब लोग के त रोज आवे जाए के पडत्रत हव। अब कोई ना कुछ करी त हमने का करल जाई। एही तरह आवल जाल जाई।