खबर लहरिया वाराणसी अपने हक खातिर धरना में बइठलन लोग

अपने हक खातिर धरना में बइठलन लोग

30-01-13 Kasba Dharna

धरना में बइठल लोग

जिला वाराणसी, लाल बहादुर घाट वरूणापुल। 24 जनवरी 2014 को कई जिला के लोग आके अपने हक आउर अपने पहचान के मांग करत रहलन। इ धरना में गाजीपुर, चन्दौली, जौनपुर समेत कई जिला से करीब पांच हजार लोग आएल रहलन।
इ धरना के मुख्य सुरेन्द्र राजभर, रामकिशुन राजभर, पारसनाथ राजभर पूर्व एस. डी. ओ. राजू राजभर इ सब लोगन के कहब हव कि पूरे भारत में करीब 19 करोड़ की आबादी हव। जेमे चार सौ आबादी हव। हर जाति के कहीं न कहीं नाम हव। लेकिन ना तो हमने के कहीं नाम आउर ना तो हमने के जाति के कउनों प्रारूप हव। जैसे हर जाति के लोग के सुविधा आउर शिक्षण के सुविधा मिलला। हमने के भी सुविधा मिले के चाही।
एन लोगन के मांग हव कि भारत सरकार के सामाजिक कल्याण एवं अधिकारिता मंत्रालय के अनुसार विमुक्त जनजाति के सीधी भर्ती आउर पदोन्नति दूनों में अनुसूचित जनजाति के साथ 7.5 प्रतिशत के आरक्षण हव। ओकर सही तरीके से क्रियान्वयन करल जाय।