खबर लहरिया वाराणसी अधिकारी करत हयन दुर्घटना के इंतजार

अधिकारी करत हयन दुर्घटना के इंतजार

Kasba Cholapur Nadi webजिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर। इहां के नदी के पुल दोनो तरफ से टूट गएल हव। इ पुल टूटले करीब छह महीना हो गएल हव लेकिन अभहीं तक प्रशासन के कउनों नजर नाहीं पड़ल हव।
इहां पर आटो चलावे वाले कान्ता, पप्पू इ सब लोगन के कहब हव कि इ सड़क आजमगढ़ जाए वाला हव। हर समय इ सड़क व्यस्त रहला। करीब दू महीना से दूनों तरफ के पुलिया टूटल हव। केतना नेता, विधायक एही रास्ते आवत जात हयन। लेकिन कोई के भी इ रास्ता के बारे में नाहीं देखात हव। लगत हव कि जब इ रास्ता पर दुर्घटना हो जाई तब कोई के देखाई। पुल के डपर बोरिया डाल के छोड़ दिहल गएल हव। इहां से आवे जाए वालन के हर समय डर लगल करला कि कहीं दुर्घटना ना हो जाए