खबर लहरिया वाराणसी अधिकारी करत दुर्घटना के इन्तजार

अधिकारी करत दुर्घटना के इन्तजार

5---जिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर नदी। इहां  के चोलापुर के नही के पुल दूनों तरफ से टूट गएल हव। टूटले के छह महीना के बाद भी अभहीं तक नाहीं बनल। जबकि इ पुल से लाखो लोग आवल जाल करलन।
विक्रम चलावे वाले मन्टू, कमलेश, प्रिन्स कई लोगन के कहब हव कि इ नदी के पुल दूनों तरफ से टूटल हव। लेकिन सरकार के इ समस्या देखात नाहीं हव। इहंा से जब हमने आइला जाइला त हमने के डर लगल करला। अगर थोड़ा से भी धक्का लगी त लोग सीधे पच्चीस फीट नीचे गिरीयन। दिन के त हमने चला लेहीला लेकिन पांच बजे के बाद नाहीं चलावे के मन करला। प्रधान मुन्नी पाशी के पति सुरेश पाशी के कहब हव कि इ नदी के काम खातिर के पी. डब्ल्यू. डी. में कई बार अप्लीकेशन देहली लेकिन कउनों सुनवाई नाहीं भयल।
अधिकारी के पास जानकारी पूछे जा त अपने चपरासी से कहियन कि कह दा कि हम नाहीं हई। आउर हमके कउनों चीज के जानकारी नाहीं हव। जब अधिकारी के जानकारी ना रही त जनता के का बतहियन। पी. डब्ल्यू. डी. के राकेश श्रीवास्तव के कहब हव कि हमके कउनों जानकारी नाहीं हव। बड़े साहब के मालूम होई।

5---